गुरुवार, 3 दिसंबर 2009

भोजपुरी गीत

देखिल.....बिधाता कईसन आइल भुचाल बा। अदिमी के नगरी में अदिमी बेहाल बा ।
राम के जमीन पे कन्हैया के देस में । गाँव -गाँव शकुनी घुमेला कई भेस में ।
तकला पे चारो ओर ईमान के अकाल बा । अदिमी के नगरी में अदिमी बेहाल बा ।
काहे के दईबा अइसन दुनिया बसवल .... । का सोच दुनिया में अदिमी बनवल ।
मुट्ठी भर आबरू भी एहिजा मोहाल बा । अदिमी के नगरी में अदिमी बेहाल बा ।
कब ले भरी ये साईं पाप के गगरी । कब ले कफ़न बनी नईहर के चुनरी ।
रात कईसन होखी जब दिन के ई हाल बा । अदिमी के नगरी में अदिमी बेहाल बा ।
गीतकार - सतीश मापतपुरी
मोबाईल - 9334414611

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें