गुरुवार, 14 जनवरी 2010

खोतवा में तोता

खोतवा में तोता रोवे मैना अंगनवा । बिधिना ई कईसन लिखल करमवा ।
केकर सराप ह ई , डाह केकर जागल। केकर नजरिया पिरितिया के लागल ।
अंखिया बनल जईसे भादो के बदरिया , लोरवा से भींजल दईबा धानी चुनरिया ।
खोतवा में तोता रोवे मैना अंगनवा । बिधिना ई कईसन लिखल करमवा ।
हँसते -हंसत लोर आँख में समाईअल, करम के पाती हमार कहंवा हेराइल ।
काहें के बिधिना फेर लिहल नयनवा ,बिधिना ई कईसन लिखल करमवा ।
खोतवा में तोता रोवे मैना अंगनवा । बिधिना ई कईसन लिखल करमवा ।
गीतकार - सतीश मापतपुरी , मोबाईल -9334414611

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें